Samsung Galaxy S25 सीरीज के लॉन्च: स्मार्टफोन बनावे वाली कंपनी Samsung आज अपना इंतज़ार कइल स्मार्टफोन सैमसंग गैलेक्सी एस25 सीरीज (Samsung Galaxy S25 Series) के लॉन्च क दीहलस। ई सीरीज में कंपनी Galaxy S25, S25+, आ S25 Ultra जइसन तीन मॉडल शामिल कइले बा। एह सीरीज में बेशी AI फीचर्स उपलब्ध कइल गइल बा। साथे ही, डिवाइस में 12GB RAM भी मिलल बा।
Samsung Galaxy S25 आ S25+ के स्पेसिफिकेशन
Samsung Galaxy S25 में 6.2 इंच के FHD+ AMOLED डिस्प्ले राखल गइल बा। जबकि S25+ में 6.7 इंच के QHD+ डिस्प्ले बा। दुनु मॉडल के डिस्प्ले 120 हर्ट्ज के रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करेला। जानल जाव कि कंपनी इन दुनु मॉडल के Qualcomm Snapdragon 8 Elite SoC पर आधारित प्रोसेसर पर लांच कइले बा।
कैमरा सेटअप
कैमरा के बात करीं त कंपनी एह स्मार्टफोन में 50MP के प्राइमरी कैमरा, 10MP के 3x टेलीफोटो लेंस आ 12MP के अल्ट्रावाइड सेंसर देलस। सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर 12MP के फ्रंट कैमरा मौजूद बा।
पावर खातिर सैमसंग गैलेक्सी S25 में 4000mAh के बैटरी बा। जबकि S25+ में 4900mAh के बैटरी देल गइल बा। ई मॉडल एंड्रॉयड 15 One UI 7 ऑपरेटिंग सिस्टम पर काम करेला। Samsung Galaxy S25 के 12+128GB, 12+256GB, 12+512GB जइसन तीन वेरिएंट में उतारल गइल बा। S25+ के 12+256GB आ 12+512GB में ही लांच कइल गइल बा। ई फोन Pink Gold, Blue Black, Silver Shadow, Coral Red, Mint, Navy, आ Icy Blue जइसन रंगन में बाजार में मिल जाई। ई फोन IP68 रेटिंग के साथ आवेला, मतलब ई पानी आ धूल से खराब ना होई।
Samsung Galaxy S25 Ultra के स्पेसिफिकेशन
अब Galaxy S25 Ultra के बात करीं, त कंपनी एह मॉडल में 6.9 इंच के Quad HD+ 2x Dynamic AMOLED डिस्प्ले उपलब्ध करवलस। ई डिस्प्ले भी 120 हर्ट्ज के रिफ्रेश रेट सपोर्ट करेला। एह मॉडल के भी Qualcomm Snapdragon 8 Elite SoC पर आधारित प्रोसेसर से सुसज्जित कइल गइल बा। ईके 12+256GB, 12+512GB आ 12+1TB जइसन तीन वेरिएंट में उतारल गइल बा। ई भी एंड्रॉयड 15 पर आधारित One UI 7 पर काम करी। ई मॉडल भी IP68 रेटिंग के साथ आवेला।
कैमरा सेटअप
ई मॉडल के कैमरा सेटअप में 200MP के प्राइमरी कैमरा, 50MP के टेलीफोटो लेंस जवन 5x ऑप्टिकल जूम के सपोर्ट करेला, 10MP के 3x टेलीफोटो लेंस आ 50MP के अल्ट्रावाइड लेंस बा। ई सब मिलके यूजर के फ्रोटोग्राफी के शानदार अनुभव देई।
सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर डिवाइस में 12MP के फ्रंट कैमरा बा। पावर खातिर फोन में 5000mAh के दमदार बैटरी उपलब्ध करावल गइल बा, जे 45W के फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करेला। कंपनी ई मॉडल के Titanium Gray, Titanium Black, Titanium White Silver आ Titanium Jade Green जइसन रंग में उतारल बा।
Samsung Galaxy S25 सीरीज के कीमत
कीमत के बात करीं त सैमसंग Galaxy S25 के 12GB+128GB मॉडल के अमेरिका में कीमत $799 (भारतीय कीमत में ₹69,000) रखल गइल बा। 12GB+256GB वेरिएंट के कीमत $859 (भारतीय कीमत में ₹74,300) बा। Galaxy S25+ के 12GB+256GB वेरिएंट के कीमत $999 (भारतीय कीमत में ₹86,400) आ 12GB+512GB वेरिएंट के कीमत $1119 (भारतीय कीमत में ₹96,700) रखल गइल बा।
Galaxy S25 Ultra के कीमत के बात करीं त 12GB+256GB मॉडल के कीमत $1299 (भारतीय कीमत में ₹1,12,300), 16GB+512GB मॉडल के कीमत $1419 (भारतीय कीमत में ₹1,22,700) आ 16GB+1TB मॉडल के कीमत $1659 (भारतीय कीमत में ₹1,43,400) रखल गइल बा। एह सीरीज के सेल 7 फरवरी 2025 से शुरू होई।
ई भी पढ़ीं:
12GB RAM आ पावरफुल प्रोसेसर के साथ जल्दी आ रहल बा iQOO Neo 10R, जानल जाव कति होई कीमत
FAQs
Samsung Galaxy S25 के कब लॉन्च भइल?
Samsung Galaxy S25 आज लॉन्च भईल बा।
Galaxy S25 Ultra में कति MP के कैमरा बा?
Galaxy S25 Ultra में 200MP के प्राइमरी कैमरा बा।
ई फोन के बैटरी कति mAh के बा?
Galaxy S25 में 4000mAh आ Galaxy S25 Ultra में 5000mAh के बैटरी बा।
Samsung Galaxy S25 सीरीज के सेल कब शुरू होई?
ई सीरीज के सेल 7 फरवरी 2025 से शुरू होई।